Mori Maiya Pahadwa Se Aaweli - Lyrics

Singer: Neelkamal Singh

बोला बोला शेरावाली मईया की जय..

नवरात्र नव दिन मन भावन लागेला

मईया के पंडाल में सब रात भर जागेला

नवरात्र नव दिन मन भावन लागेला

मईया के पंडाल में सब रात भर जागेला

कके शेरवा सवार करस सबके उधार

नव दिन नव रुपवा दिखावेली

सब पे आशीष बरसावेली

मोरी मईया पहाड़वा से आवेली

सब पे आशीष बरसावेली

मोरी मईया पहाड़वा से आवेली

भक्ति भरल रहेला मन में

जेकरा रहे उमंग हो

कवनो संकट परे न देली

रहेली ओकरा संग हो

भक्ति भरल रहेला मन में

जेकरा रहे उमंग हो

कवनो संकट परे न देली

रहेली ओकरा संग हो

सब हर लेली कष्ट दुःख हो जाला नष्ट

माई सुतल भगिया जगावेली

महिमा अपार देखावेली

मोरी मईया पहाड़वा से आवेली

सब पे आशीष बरसावेली

मोरी मईया पहाड़वा से आवेली

केहू छोट आ बर न केहू

सब ऐके सम्मान हो

सोनू कुंदन माफ़ कदेली गलती बुझी नदान

केहू छोट आ बर न केहू

सब ऐके सम्मान हो

सोनू कुंदन माफ़ कदेली गलती बुझी नदान

राजा होला फकीर बदले तक़दीर

उहे सबके उजड़े बसावेली

नीलकमल सबके अपनावेली

मोरी मईया पहाड़वा से आवेली

सब पे आशीष बरसावेली

मोरी मईया पहाड़वा से आवेली