Priyanka Jhulaweli Mai ke Jhuluawa - Lyrics

Singer: Priyanka Singh

सातो बहिनी झुलुवा झुलेली पारापारी
लचर लचर करेला निमिया के डारी

पहिले झुलुअवा झुलेली माई शारदा
दुजे झुलेली बैषनो रानी
तिजे झुलूअवा झुलेली देवी चंडी
झुलेली मईया जीवदानी
पाँचवा में बाटे ज्वाला माई के बारी
लचर लचर करेला निमिया के डारी

छउवा झुलुअवा झुलेली थाँवेवाली
सातवा झुलेली राधारानी
सोनवा के रसरी में बांधल बा चौकी
चारुओरी जड़जड़ के चानी
संतोष झुलावें प्रियाँका दुलारी.....
लचर लचर करेला निमिया के डारी