Navratra Aa Gayil - Lyrics

Singer: Sneh Upadhya

जय जय माँ
बोलो जय जय माँ

शेरावाली जोतावाली लातावली माँ
पहाड़ावाली मेहरावाली आमी वाली माँ

अँगना दुवार बहार के कइनी सगरो तैयारी
चौका चन्दन अड़हुल फुलवा चीज़ ले अइनी सारी
अँगना दुवार बहार के कइनी सगरो तैयारी
चौका चन्दन अड़हुल फुलवा चीज़ ले अइनी सारी
लेके बघवा मईया जी के साथ आ गईल
लेके बघवा मईया जी के साथ आ गईल
सखी मंगल गावा हो नवरात आ गईल
सखी मंगल गावा हो नवरात आ गईल

जय जय माँ
शेरावाली जोतावाली लातावली माँ
पहाड़ावाली मेहरावाली आमी वाली माँ

मन भावन लागे सगरो गउवा नगरीय
सब सजे लागल देखा पूरा सहरिया
मन भावन लागे सगरो गउवा नगरीय
सब सजे लागल देखा पूरा सहरिया
सबका खातिर मईया के सौगात आ गईल
सखी मंगल गावा हो नवरात आ गईल
सखी मंगल गावा हो नवरात आ गईल

जय जय माँ

शेरावाली जोतावाली लातावली माँ
पहाड़ावाली मेहरावाली आमी वाली माँ

सब जोहे सांझे भोर बिंहसारे
अब आईहे मईया अंखिया निहारे
सब जोहे सांझे भोर बिंहसारे
अब आईहे मईया अंखिया निहारे
लागे जईसे खुशियां के बारात आ गईल
सखी मंगल गावा हो नवरात आ गईल
सखी मंगल गावा हो नवरात आ गईल