सुगना लेजा सनेसा हमार
सनेसा हमार ,सनेसा हमार
भूले ना भुलाई पहिला प्यार
सुगना लेजा सनेसा हमार
सनेसा हमार ,सनेसा हमार
जी के भी हम जिंदा नईखी
मरे के भी ना तैयार हो
लाख जतन कर पाईनि बाकि
मिली ना चैन करार हो
सुन के तू आजा दिल के पुकार
सुगना लेजा सनेसा हमार
सनेसा हमार ,सनेसा हमार
आस मिलान के ना टूटे कबहुँ
जियरा कहे बेर बेर हो
हार ना मानब कवनो हाल में कवनो
भले हो जाई देर हो
भरोसा दिला जा तू एक बार
सुगना लेजा सनेसा हमार
सनेसा हमार ,सनेसा हमार